चलनी के चालल दुलहा / भिखारी ठाकुर

चलनी के चालल दुलहा / भिखारी ठाकुर



चलनी के चालल दुलहा, सूप के फटकारल हे, 
दिअका के लागल बर, दुआरे बाजा बाजल हे।
आँवा के पाकल दुलहा, झाँवा के झारल हे;
कलछुल के दागल, बकलोलपुर के भागल हे।
सासु का अँखिया में अन्हवट बा छावल हे;
आइ कs देखऽ बर के पान चभुलावल हे।
आम लेखा पाकल दुलहा, गाँव के निकालल हे;
अइसन बकलोल बर चटक देवा का भावल हे।
मउरी लगावल दुलहा, जामा पहिरावल हे;
कहत ‘भिखारी’ हवन राम के बनावल हे।

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

धरती का आँगन इठलाता / सुमित्रानंदन पंत

उठो लाल अब आँखे खोलो / द्वारिका प्रसाद माहेश्वरी

कलम या कि तलवार / रामधारी सिंह "दिनकर"